बेटा पतोहु मिल के बाप के गरदन रेत दिहले
September 20, 2013
गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के सोनीपुर गाँव में महादेव चौधरी के हत्या उनुके बेटा पतोहु गरदन रेत के कर दिहले. बतावल जात बा कि महादेव हालही में आपन जमीन बेचले रहले. बेटा ओहमें से रुपिया मँगले स आ ना मिलल त एगो बेटा तेजा चौधरी अपना मेहरारू संगे मिल के उनकर गरदन रेत दिहले.
पुलिस चार गो बेटा आ तीन गो पतोहु का खिलाफ मामिला दर्ज कइले बिया. सगरी आरोपी फरार बाड़ें.
(वार्ता)