मुलायम का खिलाफ मामिला बंद कइलसि सीबीआई
September 21, 2013
केन्द्र के संप्रग. सरकार के बाहर से र्समथन देत समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आ उनुका परिवार का खिलाफ जायज आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा सीबीआई.अब बंद कर दी काहे कि ओकर कहना बा कि एह लोग का खिलाफ ओकरा लगे सुबूत नइखे.
उच्चतम न्यायालय पिछला साल व्यवस्था दिहले रहे कि अखिलेश यादव के पत्नी डिपंल यादव के खिलाफ जांच ना कइल जाव आ अधिकतर संपत्ति डिपले का नाम से बा. एह से केस कमजोर हो गइल आ अब बंद कर दिहल जाई.
(वार्ता)