उस्ताद के मकबरे खातिर तीस लाख
September 22, 2013
वाराणसी में शहनाई सम्राट बिस्मिल्लाह खां के मकबरा बनावे ला राज्य सरकार तीस लाख रुपिया देबे के एलान कइले बिया. खाँ के निधन के सात साल बाद सरकार अब उनकर मकबरा बनावे जात बिया.
इक्कीस अगस्त 2006 के खां के निधन का बाद तब मुख्यमंत्री रहल मुलायम सिंह यादव उनका नाम पर संगीत अकादमी खोले आ मकबरा बनावे के एलान कइले रहलें.
(वार्ता)