एक क्वींटल गांजा संगे एगो तस्कर गिरफतार
September 25, 2013
काल्हु गोपालगंज के नगर थाना इलाका के एकडेरवा गांव से एक क्वींटल गांजा संगे एगो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. तस्कर संजय यादव गाँव के एगो ठिकाना पर गाँजा लुका के रखले रहुवे. पुलिस के खुफिया जानकारी मिलला का बाद छापा पड़ल.
बरामद गाँजा नेपाल से ले आइल गइल रहे आ कहीं अउर भेजाए के रहे. एकर दाम कई लाख रुपिया बतावल जात बा. गिरफ्तार तस्कर से अउरी जानकारी बिटोरल जात बा.
(वार्ता)