गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा के पीएम प्रत्याशी नरेन्द्र मोदी के उत्तर प्रदेश मे होखेवाला पहिलका रैली के तारीख बदलल जात बा पहिले ई रैली कानपुर मे 15 अक्टूबर के होखे वाला रहुवे बाकिर विजयादशमी आ बकरीद का चलते प्रशासन एह तारीख में रैली के अनुमति नइखे देत. अब कानपुर वाली रैली 19 भा 20 अक्टूबर के होखे के उम्मीद बा. तारीख मोदी आ भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह के भेजा गइल बा आ ओह लोग से पुष्टि के इंतजार बा.
(वार्ता)