Go to ...
RSS Feed

गाजीपुर टीसन पर ट्रेन से औरत के लाश उतारल गइल


बिहार से अमृतसर जात 15933 अप डिब्रूगढ अमृतसर एक्सप्रेस के एस वन बोगी का शौचालय में एगो औरत के लाश मिलल. ओकर गरदन कवनो तेज धारदार हथियार से रेतल रहुवे. लाश के उत्तर प्रदेश मे गाजीपुर रेलवे टीसन पर उतार लिहल गइल.

राजकीय रेलवे पुलिस बतवलसि कि डिब्रूगढ से बिहार होत अमृतसर जाए वाली 15933 अप ट्रेन के एस वन बोगी के शौचालय में एगो औरत के लाश होखे के सूचना जीआरपी के दिहल गइल त लाश उतार के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल. बोगी के दोसर सवारी बतवले कि ओह औरत का साथे एगो मरदो रहुवे आ दुनु बरौनी में एके साथ खनो खइले ओकरा बाद दुनु बाथरूम गइले. लाश का लगे से कवनो टिकट नइखे मिलल आ लाश के कवनो पहचान नइखे बनल. हँ ओकरा लगे से मिलल सीआईएसएफं के बैज बतावत बा कि ओकर साथी सीआईएसएफ जवान रहुवे. औरत के उमिर 25 साल के लगभीर लागत बा आ शायद हालही में ओकर बिआह भइल रहुवे. हत्या के मामिला दर्ज कर के बरौनी भेज दिआइल बा.
(वार्ता)

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: