web analytics

राष्ट्रपति से अखिलेश सरकार बर्खास्त करे के मांग कइली मायावती

बसपा सुप्रीमो मायावती आजु अपना पार्टी के नेता लोग साथे राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी से मुलाकात क के उत्तर प्रदेश मे अखिलेश सरकार के बर्खास्त क के राष्ट्रपति शासन लगावे के माँग कइली.
राष्ट्रपति के मुजफ्फरनगर आ शामली के दंगन का बारे में बतावत मायावती कहली कि प्रदेश में कानून व्यवस्था चरमरा गइल बा आ जंगल राज चलत बा. एह से प्रदेश के जनता के व्यापक हित मे राष्ट्रपति संविधान के अनुच्छेद 356 के तहत सपा सरकार के बर्खास्त क के ओहिजा राष्ट्रपति शासन लगावे के निर्देश केद्र सरकार के देसु.
(वार्ता)

 470 total views,  2 views today

%d bloggers like this: