रिटायर्ड शिक्षक के गोली मार के हत्या
September 27, 2013
पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया मुफ्फसिल के वानीछापड़ गांव मे आजु शुक का दिने कुछ अपराधी एगो रिटायर्ड शिक्षक के गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस बतावत बिया कि शिक्षक त्रिलोकी रमण झा आज साँझ शाम जब बाजार से घरे लवटत रहले तबहिए पहिले से गात लगा के बइठल अपराधी गोली मार के उनकर हत्या कर दिहले आ अन्हार के फायदा उठावत भाग निकलले.
बतावल जात बा कि एकरा पीछे जमीन के झगड़ा बा.
(वार्ता)