स्कूल जात प्रधानाध्यापक के गोली मार के हत्या


चंदौली जिला के बलुआ इलाका में आजु मोटरसाइकिल सवार बदमाश स्कूल जात सोनबरसा प्राइमरी स्कूल के प्रधानाध्यापक आ महमदपुर निवासी राजेश कुमार यादव के गोली मार के हत्या कर दिहले.
घटना रामदत्तपुर गांव का नियरा भइल. राजेश यादव के मौत ठाँवे पर हो गइल. पुलिस के कहना बा कि अबहीं हत्या के कारण पता नइखे चलल आ हत्यारन के पकड़े के कोशिश हो रहल बा.
(वार्ता)

%d bloggers like this: