web analytics

गाजीपुर जिला जेल के औचक निरीक्षण में कुछ भेंटाइल ना

आजु गाजीपुर जिला जेल के जिलाधिकारी समेत दोसरो अधिकारी औचक निरिक्षण कइलें बाकिर गहन जाँच का बादो कवनो आपत्तिजनक सामान ना मिलल. एह औचक निरीक्षण में जिलाधिकारी मोनिका ठाकुर, जिला जज प्रमोद श्रीवास्तव, पुलिस अधीक्षक चन्द्रपाल सिंह शामिल रहले.
प्रशासन के कहना बा कि ई रूटीन चेकिंग रहे. जब से जेल में सीसीटीवी कैमरा लागल बा तब से अधिकारी कार्यालय में बइठले जेल पर नजर राखे लागल बाड़ें.
(वार्ता)

 330 total views,  5 views today

%d bloggers like this: