web analytics

चारा घोटाला में छठवां बेर जेल गइलन लालू

बिहार के बदनाम चारा घोटाला के एगो मामिला में चाइबासा राजकीय कोषागार से 37 करोड से अधिका के रकम गैरकानूनी तरीका से निकाले खातिर सीबीआई के विशेष अदालत आजु बिहार के मुख्यमंत्री रहल दू गो नेता, लालू प्रसाद यादव आ जगन्नाथ मिश्र, समेत सगरी आरोपियन के दोषी करार दिहलसि.
पहिले मंत्री रह चुकल विद्या सागर निषाद आ विधायक रहल ध्रुव भगत समेत सात गो अभियुक्तन के तीन साल के सजा सुनावल गइल बा. बाकी अभियुक्तन के एह मामिला में सात साल तक के जेल दिहल जा सकेला.
दुनु तरफ के दलील सुनला का बा सजा के एलान परसो तीन अक्टूबर के वीडियो कान्फ्रेसिंग कर के कइल जाई. सगरी अभियुक्तन के न्यायिक हिरासत मे ले लिहल गइल बा.
लालू यादव खातिर ई फैसला बहुत अहम बा काहे कि सुप्रीम कोर्ट के फैसला का चलते उनकर सांसदी जा सकेला. जगन्नाथ मिश्रा फिलहाल संसद भा विधान सभा के सदस्य नइखन.
चारा घोटाला में एकरा पहिले 26 नवम्बर 2001 के लालू के जेल जाए पड़ल रहे. जहाँ उनका 59 दिन जेल मे रहे के पड़ल. एगो दोसरा मामिला में एक दिन ला 28 नवम्बर 2000 के उनुका के बेउर जेल भेजल गइल रहे. पांच अप्रैल 2000 के उुका के तब जेल भेजल गइल रहे जब सी बी आई के विशेष अदालत मे आत्मसमर्पण के बाद उनकर जमानत याचिका खारिज हो गइल रहे. दू गो अउरिओ मामिला में लालू जेल जा चुकल बाड़न. एक बेर 30 जुलाई 1997 के 134 दिन ला आ फेर 28 अक्टूबर 1998 के 73 दिन ला जेल जाए के पड़ल रहुवे.
(वार्ता)

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: