web analytics

नीतीशो के मामिला में सीबीआई के दुरूपयोग के अनेसा जतवलसि भाजपा

चारा घोटाला मे आरोपन के सामना करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बारे मे अदालत में दाखिल होखे वाला सीबीआई के हलफनामा पर भाजपा के अनेसा बा कि कहीं एकरो हाल उहे मत हो जाव जवन कोयला मामिला मे उच्चतम न्यायालय मे प्रधानमंत्री के बारे मे दाखिला हलफनामा जइसन मत हो जाव.
झारखंड उच्च न्यायालय सीबीआई से चारा घोटाला मे नीतीश कुमार आ उनुका पार्टी के राज्यसभा सांसद शिवानंद तिवारी के भूमिका का बारे मे 22 नवम्बर के हलफनामा दाखिल करे के कहले बावे. भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव राजीव प्रताप रूडी आजु कहलन कि जवना तरह से कांग्रेस आ नीतीश के नजदीकी बढ़त बावे ओहसे अनेसा बनत बा कि कहीं नीतीशो के बचावे ला सीबीआई के दुरुपयोग मत होखे.
(वार्ता)

 352 total views,  5 views today

%d bloggers like this: