web analytics

बेतिया जेल में छापा पड़ल

पश्चिम चंपारण जिले के बेतिया मंडल कारा मे पुलिस आजु सोमार का दिने अचके में छापा मरलसि. एह छापामारी के अगुआ रहलन अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी रामानंद कौशल आ अपर पुलिस अधीक्षक:अभियान राजेश कुमार.
छापामारी में अलग अलग वार्ड से कुल मिला के तेरह गो मोबाइल, पन्द्रह गो चार्जर आ गाँजा वगैरह आपत्तिजनक सामान बरामद भइल बा.
एकरा बाद से मुलाकात करे आवेवालन के सघन तलाशी लिहल जाए लागल बा.
(वार्ता)

 453 total views,  2 views today

%d bloggers like this: