चारा घोटाला मामिला में रांची के सीबीआई.विशेष अदालत से दोषी करार भइला का बाद लालू प्रसाद के सुरक्षा में तैनात बिहार पुलिस के जवान हटा लिहल जइहें.
एह बारे में पुलिस मुख्यालय से मिलल जानकारी का अनुसार एह दिसाईं जरूरी प्रक्रिया शुरु कर दिहल गइल बा.
एह बीच राज्य के पुलिस महानिदेशक अभयानंद के कहना बा कि न्यायालय के आदेश के प्रति मिलला का बादे सही फैसला लिहल जाई.
(वार्ता)

By admin

%d bloggers like this: