वकील पर मुकदमा भइला का बाद देवरिया के अदालतन मे हडताल
September 30, 2013
देवरिया मे दीवानी कचहरी के एगो वकील सुभाष यादव का खिलाफ पट्टीदारी का झगड़ा का चलते छेड़खानी के मकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. एह बात के खिलाफ आजु देवरिया के वकील हडताल कर के न्यायिक काम ठप कर दिहले.
दीवानी अधिवक्ता संघ के अध्यक्ष शेषनाथ तिवारी के कहना बा कि मुकदमा राजनीतिक रसूख का चलते दर्ज भइल बा. वकील लोग एहमुकदमा के तुरते रद्द करे के माँग कइले बा ना त आरपार के लड़ाई करे के धमकी दिहले बा लोग.
(वार्ता)