web analytics

मुफ्त खबर का बहाने सरकारी प्रचार

आकाशवाणी से खास खबर अपना मोबाइल पर मँगावल अब फोकटिया बना दिहल गइल बा. बस अपना मोबाइल से 08082080820 पर मिस काल देबे के बा. ओकरा बाद ओह मोबाइल नंबर के फोकटिया खबर भेजेला रजिस्टर कर लिहल जाई. सरकार के योजना बा कि एही बहाने अधिका से अधिका लोग के मोबाइल नंबर बिटोर लिहल जाव … Read more

Loading

गड़खा सीतलपुर रोड पर पुल भसल

शनिचर का रात गड़खा सीतलपुर रोड पर बनल बरीसन पुरान रामगढ़ा मिर्जापुर सड़क पुल अचके में भस गइल. शुरू में रेलिंग गिरल आ बाढ़ के पानी का दबाव में गँवे गँवे पूरा पुल भस गइल. गनीमत इहे रहल कि एह सड़क पर बाढ़ के पानी रहला का चलते गाड़ियन के आवाजाही पिछला कई दिन से … Read more

Loading

सांसद प्रभुनाथ सिहं के काफिला संगे हादसा होखे से बाचल

अतवार के साँझ महाराजगंज के सांसद प्रभुनाथ सिंह के काफिला दाउदपुर इलाका के जैतपुर गांव में चैम्पियन पहलवान रहल सीताराम सिंह के सराध में शामिल होखे जात रहुवे. दाउदपुर टीसन के पछिमारा समपार गेट खुलल मिलल त काफिला आगे बढ़ गइल बाकिर एही बीच सिवान का ओर से बाघ एक्सप्रेस धड़धड़ात आवत रहुवे. संजोग नीमन … Read more

Loading

टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव

दाखिला में धाँधली के अछरंग लगावत छात्र नेता अपना समर्थकन संगे सोमार का दिने बलिया टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव कइलें. छात्र संघ अध्यक्ष किशन प्रताप सिंह के कहना बा कि दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के प्रवेश शुल्क त समायोजित कर दिहल गइल बाकिर जिनकर चयन ना भइल ओह लोग के फीस वापिस नइखे कइल … Read more

Loading

बाढ़ से सड़क टूटला का चलते आइल गइल मुश्किल भइल

बलिया में नेशनल हाईवे का दक्खिन बसल गावन तक जाए वाली सगरी सड़क टूटफूट गइल बाड़ी सँ जवना से ओह गाँवन के लोगन खातिर आइल गइल मुश्किल हो गइल बा. एह सड़कन मं शिवपुर कपूर दियर के बाबू कुंवर सिंह रोड, आ कोट अँजोरपुर, रामपुर चिट, महिदनवा वगैरह गांवन के रास्ता शामिल बा.

Loading

शिवपुर दियर में दुधियन पर फायरिंग

एक हफ्ता पहिले शिवपुर दियर में दूगो नाव के नुकसान चहुँपावे वाला नौ गो दूधियन पर दलित उत्पीड़न के मुकदमा दर्ज भइल रहे. तबहिए से इलाका में दूधियन आ दलितन का बीच तनाव चलत बा. अतवार का रात शहर से दूध बेच के लवटत दूधियन पर शिचपुर दियर नंबरी में फायरिंग कर के दू जने … Read more

Loading

बैरिया के नागेन्द्र सिहं के निधन

द्वाबा के मालवीय कहाए वाला स्व॰ मैनेजर सिहं के बेटा आ कई कॉलेजन के प्रबन्धक सपा नेता नागेन्द्र सिंह के निधन अतवार का दिने दिल्ली में हो गइल. ऊ कुछ दिन से बीमार रहलें आ दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में इलाज चलत रहुवे. अब उनकर पार्थिव शरीर सड़क मार्ग से उनका गाँवे करमानपुर ले … Read more

Loading

एह महीना से बंद हो जाई एलआईसी के पुरान पालिसी

जीवन बीमा निगमो अब अपना पालिसियन पर सेवा कर लिहल शुरू कर दी. पहिले बीमा निगम ई खरचा खुद उठावत रहुवे जवना पर निजी बीमा कंपनियन के ओरहन रहे कि एहसे ओह लोग के नुकसान होखत बा. एहसे अबहीं चलावल जात सगरी पालिसी बंद कर के पहिला अक्टूबर से जीवन बीमा निगम नया पालिसी ले … Read more

Loading

हुंकार रैली खातिर गांधी मैदान नइखे देत पटना जिला प्रशासन

भाजपा के हुंकार रैली खातिर पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान देबे से पटना जिला प्रशासन हीलाहवाली करत बा.. एकरा के नीतीश कुमार के हिटलरी आदेश बतावत भाजपा कड़ा नाराजगी जतवले बिया. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आ विधान पार्षद मंगल पांडेय काल्हु पटना में बतवलें कि 27 अक्टूबर के होखे वाला हुंकार रैली खातिर छह महीना … Read more

Loading

चारा घोटाला के एगो केस मे लालू क ओर से सीबीआई अदालत मे बहस

काल्हु सोमार का दिने रांची में सीबीआई.के एगो विशेष अदालत मे चारा घोटाला के मामिला 20 ए 96 मे बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव का ओर से बहस के शुरूआत भइल. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश प्रवास कुमार सिंह के अदालत मे लालू का ओरसे उनकर अधिवक्ता सुरेन्द्र सिंह बहस के शुरूआत कइलन. एही … Read more

Loading

मुन्ना बजरंगी मामिला में वाराणसी के एसएसपी तलब

इलाहाबाद उच्च न्यायालय माफिया डान आ बदनाम शूटर मुन्ना बजरंगी का खिलाफ दर्ज एगो अउर मुकदमा स्थानान्तरित करे का मामिला में एसएसपी वाराणसी आ आर्थिक अपराध शाखा के जांच अधिकारी के तलब कइले बिया. मुन्ना बजरंगी आ उनका सहयोगियन का खिलाफ वाराणसी के जयपुरा थाने में मौनी बाबा रामलीला कमेटी के मैनेजर क ओर से … Read more

Loading

देश के खेती नीति पर फेरु से विचार करे के जरूरत बतवलन नरेन्द्र मोदी

गांधीनगर में आजु वाइब्रेट गुजरात ग्लोबल एग्रीकल्चर समिट.. के उद्घाटन करत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि देश के खेती नीति पर फेरु से नया सिरा से विचार कइला के जरूरत बा. आ एह खातिर नया शोध आ अनुभव के सहारा लेबे के चाहीं. मोदी कहलन कि देश में खेती जोग जमीन में बढ़ोतरी … Read more

Loading

बिहार सरकार पर संस्कृत भाषा के खतम करावे के अछरंग लगवलसि भाजपा

बिहार भाजपा के मुख्य प्रवक्ता विनोद नारायण झा आजु बिहार सरकार पर अछरंग लगवलें कि नीतीश सरकार कवनो ना कवनो बहाना खोज के राज्य के स्कूलन में संस्कृत शिक्षकन के बहाली रोके में लागल बिया. ई सब एगो सोचल समुझल रणनीति का तहत करे के आरोप लगावत विनोद झा कहलन कि नीतीश सरकार चाहत बिया … Read more

Loading

कांग्रेसी नेता अरुण यादव के ग्रामीण बैक के डायरेक्टर बनवलसि केन्द्र

वित्त मंत्रालय. भारत सरकार आजु एगो कांग्रेसी नेता अरुण यादव के केन्द्र सरकार के प्रतिनिधि का रूप में काशी गोमती संयुक्त ग्रामीण बैक के डायरेक्टर बहाल कर दिहलसि. एह बैंक मे पहिला बेर वाराणसी के कवनो आदमी के डायरेक्टर बनावल गइल बा. अरुण यादव केन्द्रीय मंत्री रहल स्व॰ श्यामलाल यादव के बेटा हउवन.(वार्ता)

Loading

गोण्डा में स्टील प्रोसेसिंग इकाई के नींव रखलन बेनी प्रसाद वर्मा

गोण्डा के कोयली जंगल में आजु केन्द्रीय इस्पात मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा एगो स्टील प्रोसेसिंग इकाई के नींव रखलन जवन फैक्टरी राष्ट्रीय इस्पात निगम लगावे वाली बा. एह फैक्तरी में हर साल एक लाख टन टीएमटी सरिया बनावल जाई जवना से एहिजा के नवहियन के रोजगार मिली. एह मौका पर इस्पात निगम का ओर से … Read more

Loading

खाद्य सुरक्षा एक्ट बिहार मे बढ़िया से लागू करावे के बात कइलन नीतीश

पटना में पत्रकार सम्मेलन में नीतीश कुमार बतवलन कि बिहार में खाद्य सुरक्षा एक्ट के बढ़िया से लागू कइल जाई आ एहला जरुरी बुनियादी तइयारी शुरू कर दिहल गइल बा. एह काम में चार से छह महीना के समय लाग सकेला. एक्ट लागू करे से पहिले लाभार्थियन के पहचान करा लिहल जाई. बतवलन कि अबहीं … Read more

Loading

तिसरका मोर्चा का बारे में जदयू अबहीं ले नइखे सोचले कहले नीतीश कुमार

आजु पटना में लगावल जनता दरबार का बाद पत्रकार सम्मेलन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि जदयू अबहीं ले तिसरका मोर्चा का बारे में कवनो फैसला नइखे कइले आ सही समय पर फैसला कर लिहल जाई. अक्टूबर में जदयू के विधानसभावार सम्मेलन तय बा. ओकरा बादे एह बारे में फैसला लिहल जाई,. काल्हु … Read more

Loading

बदहाल सडक आ बिजली वगैरह के समस्या ले के गोरखपुर में 16 से आन्दोलन

भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आजु कहलन कि गोरखपुर महानगर आ जिला के बदहाल सडक. बिजली संकट, इन्सेफलाइटिस से होखत मौत, आ कानून व्यवस्था के खराब हालात का खिलाफ अगिला 16 से 25 सितम्बर ले आन्दोलन चलावल जाई. कहलन कि धन रहला का बावजूद सड़कन के मरम्मत नइखे होखत. पिछला छह महीना से प्रशासन से गोहार … Read more

Loading

पूरा ताकत लगा के दंगा कचारल जरूरी बतवलन योगी आदित्यनाथ

गोरखपुर के गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मुजफ्फरनगर समेत राज्य के अउरियो जगहन पर होखत दंगा के पूरा ताकत लगा के कचारल जरूरी हो गइल बा. योगी आरोप लगवलन कि प्रदेश में दंगा सत्ता के संरक्षण मे होखत बा. अब त ई जेहादी ताकत मीडियो के निशाना पर … Read more

Loading

सछास के मंजूर नइखे लिंगदोह के सिफारिश

समाजवादी छात्र सभा के प्रदेश अध्यक्ष अतुल प्रधान आजु वाराणसी में पत्रकारन से बतियावत कहलन कि लिंगदोह कमेटी के सिफारिशन में बहते कुछ अझूराइल बा आ ओकरा के सझुरा के समुझावल जरूरी बा. कहलन कि छात्रसभा के एगो प्रतिनिधिमंडल जल्दिए मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ राज्यपाल बी.एल.जोशी से मिल के कही कि एगो कमिटी बना के … Read more

Loading