web analytics

अगिला प्री मेडिकल टेस्ट चार मई के होखी

केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड, सीबीएसई, सरकारी मेडिकल आ डेटल कालेजन में राष्ट्रीय स्तर के 15 प्रतिशत सीटन खातिर अगिला साल 04 मई 2014 के अखिल भारतीय प्रीमेडिकल/डेटल टेस्ट आयोजित करी. एह परीक्षा मे 180 नम्बर के वस्तुपरक पेपर में भौतिकी, रसायनशास्त्र, वनस्पति शास्त्र, आ प्राणी शास्त्र.से 45.45 नम्बर के सवाल पूछल जाई.

परीक्षा के पाठ्यक्रम मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के वेबसाइट से लिहल जा सकेला. बाकी 85 प्रतिशत सीटन खातिर प्रतियोगिता राज्य सरकार आयोजित करइहें सँ. राष्ट्रीय स्तर के ई परीक्षा जम्मू.कश्मीर आ आंध्र प्रदेश मे ना करावल जाई.
(वार्ता)

 165 total views,  10 views today

%d bloggers like this: