web analytics

छपरा जिला में ईंटा से कूँच के एगो किसान के हत्या

सारण जिला के गड़खा इलाका के फेरुसा गांव मे काल्हु देर रात आपसी झगड़ा का चलते एगो संपन्न किसान के ईंटा से कूँच के हत्या कर दिहल गइल.
पुलिस से मिलल जानकारी बतावत बा कि फेरुसा गाँव के पैंतालिस साल के शैलेश कुमार सिंह के कुछ दिन पहिले गाँवही के कुछ लोग से भइल रहुवे. काल्हु देर रात जब ऊ अपना गाड़ी से कहीं जाए खातिर निकललन त पहिले से घात लगा के बइठल लोग उनुका के पकड़ लिहलसि आ ईटा से कूंच कूंच के मुआ दीहले स.
आजु सबेरे पुलिस लाश के पोस्टमार्टम ला छपरा सदर अस्पताल भेज दिहलसि आ शैलेश कुमार के परिवार वालन का शिकायत पर छब्बीस लोग का खिलाफ नामजद मुकदमा लिख लिहलसि. सगरी आरोपी गाँव छोड़ के फरार हो गइल बाड़े सँ आ पुलिस ओहनी के पकड़े ला छापामारी करे में लागल बिया.
(वार्ता)

 306 total views,  5 views today

%d bloggers like this: