web analytics

मुख्यमंत्री अखिलेश आठ अक्टूबर के गोरखपुर मे लैपटाप बँटीहे

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आठ अक्टूबर के गोरखपुर मे छात्र छात्रा के लैपटाप बँटीहे.
ओही दिने ऊ बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के मस्तिष्क ज्वर वार्ड के लोकार्पण करीहें आ रामगढ ताल परियोजना आ गोरखपुर विकास प्राधिकरण के काम के समीक्षा करीहें.
मुख्यमंत्री के दौरा पहिले 10 अक्टूबर के होखेवाला रहुवे बाकिर अब तारीख बदल के आठ अक्टूबर कर दीहल गइल बा.
गोरखपुर जिला में कुल 34 हजार लैपटाप बांटे के बा. कार्यक्रम एहिजा के मदन मोहन मालवीय इंजीनियरिंग कालेज मे आयोजित होखी. बारह हजार लैपटाप मुख्यमंत्री का हाथे आ बाकी अधिकारियन का हाथे बाद में करावल जाई.

 370 total views,  5 views today

%d bloggers like this: