वाराणसी जिला के सारनाथ इलाका में सोमार का रात अशोक विहार में पुष्पादेवी नाम के एगो महिला का घर के ताला तूड़ के करीब छह लाख रुपिया के गहना आ पांच हजार रुपिया के नकदी चोरा ले गइले सँ चोर.
पुलिस बतावत बिया कि ऊ अपना बेटी का ससुराल गइल रही. ओहिजा से मंगल का भोरे लवटली त देखली कि घर के ताला टूटल पड़ल बा आ बेटी के शादी ला बनवा के राखल करीब छह लाख रुपिया के गहना आ पांच हजार रुपिया नकदी चोरी हो गइल बा.
(वार्ता)
319 total views, 5 views today