गाजीपुर जिला के सैदपुर कोतवाली के मिर्जापुर गाँव के रहेवाला बीडीसी सदस्य कैलाश यादव के कुछ बदमाश गोली मार के हत्या कर दिहले.
पुलिस बतावत बिया कि हमलावर कवन रहले से पता नइखे चलल. गोली कैलाश यादव के माथा पर मारल गइल रहे आ उनकर मौत ओहिजे हो गइल. ठाँव पर से खाली खोखा मिलल बा.
हत्या काहे भइल से पता नइखे चलल. पुलिस हत्यारन के तलाश में लागल बिया.
(वार्ता)
313 total views, 2 views today