भरम में पड़ल लोकसभा सचिवालय कानून मंत्रालय से पूछलसि
October 4, 2013
लोकसभा सचिवालय दू साल भा ओकर से अधिका के सजा पाए वाला सांसद के सांसदी खतम होखे वाला उच्चतम न्यायालय के फैसला पर भरम में पड़ल बा एह मामिला में सही बात जाने ला कानून मंत्रालय से पूछले बा.
लोकसभा सचिवालय के उच्च पदस्थ सूत्र बतावत बाड़े कि माथ अदालत के फैसला से इहे लागत बा कि आपराधिक मामिला के दोषी जनप्रतिनिधियन के सांसदी भा विधायकी अपने आप खतम हो जाई आ एह ला कुछ करे के जरूरत ना होखी.बाकिर सही तरीका जाने ला लोकसभा सचिवालय कानून मंत्रालय के दरवाजा खटखटवले बा.
कहता लोग कि चूंकि न्यायालय संविधान के अनुच्छेद 103 के गैर.कानूनी नइखे बतवले त पहिले से तय प्रक्रिया का हिसाब से राष्ट्रपति चुनाव आयोग के सलाह पर न्यायालय के फैसले के अमली जामा पहिरइहें.
(वार्ता)