web analytics

नरेन्द्र मोदी ला कुछु करे ला तइयार बाड़ी मल्लिका शेहरावत

बॉलीवुड के बिंदास गर्ल मल्लिका शेहरावत के कहना बा कि अगर गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी उनुका शों “द बैचलोरेट इंडिया..मेरे ख्यालो की मल्लिका” में आवसु त ऊ उनका ला कुछउ करे ला तइयार बाड़ी.
मल्लिका के कहना बा कि आजु देश में सबसे लायक कुंआर नरेन्द्रे मोदी जी बाड़न आ उ अगर हमरा शो में आ जासु त उ जवन कहीहें तवन करेला तइयार बानी.
जानेजोग बा कि “द बैचलरेट इंडिया..मेरे ख्यालो की मल्लिका” शो से बॉलीवुड के बिंदास बाला मल्लिका शेहरावत अपना सपना के राजकुमार के खोजत बाड़ी. ई शो अमेरिका के मशहूर रियालिटी डेटिंग शो “द बैचलर” के हिंदी संस्करण ह. एह शो मे 30 गो प्रतियोगी हिस्सा लीहें जवना में से केहू एक के मल्लिका आपन दुलहा चुनीहे. रोहित रॉय एह शो के एंकर बाड़न.
एह शो के मनोरंजन चैनल लाइफ ओके पर 07 अक्तूबर देखावल शुरू होखी. हर सोमार से शुक ले रात साढ़े नौ बजे से एकरा के देखावल जाई.
(वार्ता)

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: