web analytics

बम फोड़ लाखो के संपति लूट ले गइले डकैत

पूर्वी चंपारण जिला के मधुबन इलाका के जोगोलिया गांव मे काल्हु देर रात डकैत एगो घर पर डाका डाल लाखो रुपिया के संपत्ति लूट लीहले आ गाँव में दहशत फइलावे खातिर गोली चलवले आ बम फोड़ले.
पुलिस बतवलसि कि जोगोलिया गांव के चंदन कुमार सिंह का घर मे पन्द्र बीस गो हथियारबंद डकैत रात में घुस गइले आ घर वालन के अपना कब्जा में ले लीहले. एकरा बाद घर में राखल नगदी, गहना, कीमती सामान लूट ले गइले.
एह घर का बाद डकैत बगल में मनीष कुमार सिंहो का घर में घुसल चहले बाकिर तबले गाँव के लोग बिटोराए लागल रहे. तब डकैत गोली चलावत आ बम फोड़त भाग निकलले. एह घटना में केहू के मरला भा घवाहिल होखे के खबर नइखे.
गाँव वालन के आरोप बा कि गाँव से थाना के दूरी महज चार किलोमीटर होखला का बावजूद पुलिस आजु भोर में चहुँपल.
(वार्ता)

 339 total views,  2 views today

%d bloggers like this: