web analytics

22 अक्टूबर के होखी सिद्धार्थ विश्वविद्यालय के शिलान्यास

सिद्धार्थनगर जिला के कपिलवस्तु में सिद्धार्थ विश्वविद्यालय के शिलान्यास अगिला 22 अक्टूबर के प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव करीहें. एह बात के जानकारी देत विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय बतवले कि शिलान्यास जिला मुख्यालय से करीब पन्द्रह किलोमीटड़ दूर कपिलवस्तु में होखी.
एह विश्वविद्यालय के बनावे ला राज्य सरकार दस करोड़ रुपिया आवंटित कर दिहले बिया.
(वार्ता)

 294 total views,  2 views today

%d bloggers like this: