web analytics

गाजीपुर में तीन गो तस्कर अस्सी लाख के हेरोइन संगे पकड़इले

गाजीपुर जिला के अपराध शाखा आ मरदह थाना पुलिस काल्हु रात नशीला सामान के तस्करी करे वाला गिरोह के तीन गो सदस्यन के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से 800 ग्राम हेरोइन बरामद कइलसि. अन्तर्राष्ट्रीय बाजार मे एकर कीमत करीब 80 लाख रुपिया बतावल जात बा.
पुलिस बतावत बिया कि मरदह इलाका के मटेहु चौराहा का लगे रात चेकिंग के दौरान मोटरसाइकिल पर सवार मनोज राम, सतीश राजभर, आ आशीष गौतम के ध दिहलसि. तलाशी लिहला पर एकनी का लगे से 800 ग्राम हेरोइन बरामद भइल.
एह सिलसिला में पुलिस कानूनी कार्रवाई करत बिया.
(वार्ता)

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: