छपरा मंडल कारा मे छापेमारी पड़ल
October 10, 2013
आजु 10 अक्टूबर का सबेर में सारण जिला के छपरा मंडल कारा मे पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा के नेतृत्व में छापा मारल गइल. एह छापेमारी में ढेरे मोबाइल फोन, शराब के बोतल समेत कईगो आपत्तिजनक सामान बरामद भइल.
पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा बतवले कि सूचना मिलल रहे कि कुछ कैदी जेले से मोबाईल फोन के जरिये आपराधिक घटना करावत बाड़े. एही आधार पर आजु सबेरे छह गो थाना के पुलिस मिल के मंडल कारा पर छापा मरलसि.
छापेमारी में तलाशी कइला पर 26 गो मोबाईल फोन, दू गो चार्जर, अनेके कंपनियन के सिम कार्ड, अंग्रेजी शराब के बोतल वगैरह बरामद भइल. एह शराब के आपूर्ति सेना खातिर कइल जाला.
मामिला के जांच के आदेश दे दीहल गइल बा कि जेल का भीतर अतना मोबाइल फोन आ शराब कइसे चहुंपल.
(वार्ता)