जन्मदिन 10 अक्टूबर के अवसर पर
हिंदी सिनेमा मे रेखा एगो अइसन अभिनेत्री हई जे फिलिमन में अभिनेत्रियन के पेश करे के परंपरागत तरीका बदलवा दिहली आ अपना बिंदास अभिनय से दर्शकन बीच आपन खास पहचान बना लिहली.
10 अक्तूबर 1954 के मद्रास मे जनमल रेखा, असली नाम भानुरेखा गणेशन, के अभिनय कला विरासत मे मिलल. उनकर पिता जैमिनी गणेशन अभिनेता आ मां पुष्पावली जानल मानल अभिनेत्री रहली. घर मे फिल्मी माहौल से रेखा के रूझान फिलिमन ओर हो गइल आ उहो अभिनेत्री बने के सपना देखे लगली.
रेखा के करियर के शुरूआत बाल कलाकार के रुप मे साल 1966 के तेलुगु फिल्म “रंगुला रतनम” से भइल. अभिनेत्री के रुप मे शुरूआत कन्नड़ फिल्म “गोदाली सी.आई.डी 999” से कइली. नायक रहले सुपरस्टार डा.राजकुमार.
हिंदी फिलिमन में रेखा “अनजाना” से शुरूआत कइली. एह फिलिम में अभिनेता विश्वजीत के साथ उनकर चुम्मा के सीन विवादित हो गइल आ फिलिम के सेंसरबोर्ड पास ना कइलसि. अरसा बाद इहे फिलिम “दो शिकारी” के नाम से रिलीज भइल बाकिर टिकट खिडकी पर असफल हो गइल.
एकरा बाद रेखा के सिने कैरियर के सही शुरूआत 1970 मे “सावन भादो” से भइल. नायक रहले नवीन निश्चल. फिलिम टिकट खिडकी पर सुपरहिट साबित भइल आ रेखा के अभिनयो सराहल गइल.
साल 1976 मे रिलीज “दो अनजाने” रेखा के कैरियर के महत्वपूर्ण फिलिम साबित भइल आ सही मायनो मे अभिनेत्री के रुप मे उनकर ई पहिलका फिलिम रहल. एह फिलिम में रेखा के अमिताभ बच्चन संगे काम करे के मौका मिलल.
साल 1978 मे रिलीज फिल्म “घर” .रेखा के सिने कैरियर के अहम फिलिम साबित भइल. एहमें उनका के पहिला हाली सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के फिल्मफेयर पुरस्कार खातिर नामांकित कइल गइल. साल 1980 मे रिलीज “खूबसूरत” रेखा के एगो अउर सुपरहिट फिल्म रहल. ऋषिकेश मुखर्जी के निर्देशन मे बनल एह फिलिम में रेखा के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के फिल्म फेयर पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
साल 1981 मे रेखा के एगो अउर महत्वपूर्ण फिलिम “उमराव जान” रिलीज भइल. मिर्जा हादी रूसवा के मशहूर उर्दू उपन्यास “उमराव जान” पर आधारित एह फिलिम में रेखा उमराव जान के किरदार निभवली. एह किरदार के रेखा अइसन संजीदगी से निभवली कि आजु ले दर्शक ओकरा के भुलाइल नइखन.
साल 1981 मे आइल “सिलसिला” रेखा के बतावे जोग फिलिमन में शामिल कइल जाले. कहल जाला कि यश चोपडा के निर्देशन मे बनल एह फिलिम में अमिताभ बच्चन आ रेखा के बीच के रिश्ता रूपहला परदा पर पेश कइल गइल. फिलिम टिकट खिडकी त अधिका कामयाब ना रहल बाकिर दर्शक एकरा के रेखा के बढ़िया फिलिमे में गिनेले.
साल 1988 मे रिलीज फिलिम “खून भरी मांग” रेखा के सुपरहिट फिलिमन में रहल. राकेश रौशन के निर्देशन मे बनल एह फिलिम में रेखा के फेरू सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के फिल्म फेयर पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
नब्बे का दशक मे रेखा फिलिमन में काम कइल बहुते कम क दिहली. साल 1996 मे रिलीज फिलिम “खिलाडियों का खिलाडी” मे रेखा एगो गैगस्टर माया के किरदार क के दर्शकन के वाहवाही लूटली, एह फिलिम ला उनका के सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेत्री के फिल्मफेयर पुरस्कार मिलल.
रेखा अनेके फिलिमन में अपना बिंदास अभिनय से दर्शकन के रोमांचित कइले बाड़ी. एह फिलिमन में “उत्सव”, “कामसूत्र”, आ “आस्था” जइसन फिलिम शामिल बाड़ी स. 70 के दशक के सबले चर्चित आ सफल फिल्मी जोडियन मे अमिताभ बच्चन अउर रेखा के नाम आवेला.
साल 2010 मे रेखा के देश के चउथका बड़हन नागरिक सम्मान पद्मश्री से अलंकृत कइल गइल.
अपना चालीस साल के फिल्मी कैरियर में रेखा नाहियो त 175 फिलिमन में अभिनय कइले बाड़ी.
(वार्ता)