भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्त्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया.
पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें आ 27 अक्टूबर के आरा मे एगो कार्यक्रम मे शामिल होखला का बाद लवटीहें. एह कार्यक्रम भाजपा के रैली में आवे वाला लोग के ढेरे परेशानी झेले के पड़ीत.
इहे लेके पार्टी के महासचिव राजीव प्रताप रूडी आज सबेरे राष्ट्रपति से शिष्टाचार भेट करे गइले त राष्ट्रपति बतवनी कि उहाँ के पटना कार्यक्रम मे बदलाव कइल गइल बा आ अब उहाँके 26 अक्टूबरे के वापिस लवटी आएब.
पार्टी प्रवक्ता शाहनवाज हुसैन कहलन कि भाजपा एकर स्वागत करत बिया आ राष्ट्रपति के पटना आगमन पर उहाँके स्वागत खातिर आतुर बिया. कहलन कि बिहार खातिर अक्टूबर के दू गो दिन सौभाग्यशाली बा. 26 अक्टूबर के देश के राष्ट्रपति अइहें आ 27 अक्टूबर के भावी प्रधानमंत्री.
हालांकि जदयू नेता शिवानन्द तिवारी केहना बा कि कवनो राजनीतिक रैली का चलते राष्ट्रपति के कार्यक्रम में भइल बदलाव गलत परंपरा के शुरुआत बा.
(वार्ता)
332 total views, 2 views today