Go to ...
RSS Feed

जानलेवा हमला करे का मामिला में चार जने के सजा


गोण्डा जिला के विशेष सत्र न्यायाधीश पीयूष शर्मा आजु एगो मामिला में चार आरोपियन के सात सात साल के जेल आ दू दू हजार रुपिया के जुर्माना लगा दिहले. एह लोग पर देहात कोतवाली इलाका के लहदेवा गांव मे नौ मई 2010 का दिने एगो आदमी रंगनाथ के बगइचा बीच गोली मारे के आरोप रहल.
चारो आरोपियन गुरुप्रसाद, जयशंकर, रक्षा राम, आ रामसुहावन के बचावे वाला वकील के दलील अदालत ना मनलस आ एह लोग के सजा सुना दिहलसि.
(वार्ता)

Tags:

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: