बलिया से रिटायर्ड जेलर पर जानलेवा हमला
October 11, 2013
जौनपुर जिला के लाइनबाजार इलाका में काल्हु देर रात कुछ बदमाश रिटायर्ड जेलर नागेन्द्र नाथ पाठक के गोली मार के घवाहिल कर दीहले. उनका के इलाज ला वाराणसी भेजल गइल बा.
पुलिस बतावतिया कि बलिया जिला कारागार के जेलर पद से एही साल रिटायर भइल साठ साल के नागेन्द्र नाथ पाठक लाइनबाजार क्षेत्र के मियांपुर मोहल्ला में परिवार संगे रहत रहले ह. काल्हु साँझ करीब आठ बजे दू जने उनका से भेंट करे अइले आ जसहीं नागेन्द्र पाठक घर से बाहर अइले उनका पर गोली चला के भाग गइले स.
पुलिस एह बदमाशन के खोजे में लागल बिया.
(वार्ता)