सिवान जिला में पादरी समेत दू जने के हत्या
October 11, 2013
सिवान जिला में शुक का दिने एगो पादरी समेत दू आदमी के हत्या क दीहल गइल.
पुलिस बतावत बिया कि मैरवा इलाका के मिशन कम्पाउंड मुहल्ला में रहे वाला साठ साल के पादरी सुनील डेविड के छूरा भोंक के हत्या क दीहल गइल. ओह घरी ऊ अपना रेडियो दुकान मे बइठल रहले.
एगो दोसरा घटना मे मुफस्सिल थाना के महादेवा मुहल्ला के सत्तर साल के बासुदेव मिश्रा के पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी गोली मार दीहले. बासुदेव मिश्रा अपना पत्नी का साथे एगो मठ से वापिस लवटत रहले तबहिए तिलमापुर गांव का लगे उनका के गोली मार दीहल गइल, उनकर मौत ठाँवे पर हो गइल. पत्नी घवाहिल हो के बाच गइल बाड़ी,
(वार्ता)