सडक दुर्घटना मे छात्र के मौत
October 12, 2013
वाराणसी के नटिनिया दाई मोहल्ला का नियरे एगो छात्र गाड़ी से कचरा के मर गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सीमा सुरक्षा बल के एगो जवान के बेटा पन्द्रह साल के अभिषेक राय घरे से स्कूल जात रहे जब एगो ट्रक ओकरा के धक्का मार दिहलसि जवना से ऊ बुरी तरह घवाहिल गो गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.
एह घटना से खिसियाइल विद्यार्थी सड़क जाम कर दिहले आ गाड़ियन पर ढेला पत्थर मारे लगले. बाद में पुलिस समुझा बुझा के जाम हटवलसि.
(वार्ता)