कैदी के पिस्तौल पहुँचावे गइल नवही के गिरफ्तर कर लीहल गइल
October 13, 2013
पश्चिम चंपारण जिला में बेतिया के एम जे के अस्पताल के कैदी वार्ड मे इलाज करावत एगो कैदी, नाजिर मियाँ, के पिस्तौल पहुंचावे गइल एगो नवही के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिस बतावत बिया कि जब ई नवही नाजिर मियाँ से भैंट करे आइल त ओकरा हाथ में अखबार में लपेटल कुछ सामान देख पुलिस के शक भइल. तलाशी लीहल गइल त ओहमें गोली भरल पिस्तौल लुकावल रहुवे. पुलिस एह नवही, चनपटिया थाना के पुरैना गाँव के गुड्डू अंसारी, के गिरफ्तार कर लिहलसि.
(वार्ता)