विवादास्पद पत्र जारी कइला का चलते गृह सचिव हटावल गइले
October 13, 2013
उत्तर प्रदेश सरकार के किरकिरी करा॓ए वाला पत्र का चलते काल्हु देर साँझ गृह सचिव बृजेश कुमार मिश्र के हटा दीहल गइल आ अनुभाग अधिकारी प्रेम पांडेय के निलंबित कर दीहल गइल.
राज्य के प्रमुख सचिव गृह आर.एम.श्रीवास्तव बतवले कि बृजेश कुमार मिश्र के गृह सचिव पद से हटा के प्रतीक्षारत राखल गइल बा.
गौर करे वाली बात बा कि गृह विभाग से जारी पत्र मे कहल गइल रहे कि 14 अक्टूबर के प्रस्तावित बैठक मे सोमनाथ का तर्ज पर श्रीरामजन्मभूमि पर मंदिर निर्माण के बारे मे बात विचार कइल जाई. बाद में दुपहरिया में आनन फानन मे बोलावल संवाददाता सम्मेलन में प्रमुख सचिव गृह श्रीवास्तव साफ कइले कि ऊ पत्र गलती से छप गइल रहे.सरकार के ना त अइसन कवनो मनसा बा ना ही नीति.
(वार्ता)