web analytics

दू गो फर्जी स्वास्थ्यकर्मी निलंबित भइले, तीन गो के नोटिस

मऊ के मुख्य चिकित्साधिकारी कार्यालय मे मृतक आश्रित कोटा में फर्जी आधार पर नौकरी हथियाए वाला पॉच जने पर विभाग कार्रवाई कइले बा. दू जने के त निलंबित कर दीहल गइल बा आ बाकी तीन जने से जवाब तलब कइल गइल बा.
मऊ के मुख्य चिकित्साधिकारी नंदलाल यादव .यूनीवार्ता.के बतवले कि साल 2011 मे मिल एगो शिकायत पर तीन सदस्यीय जॉच टीम बनावल गइल रहे. जाँच टीम शिकायत के सही पवलसि त एह आरोपियन के नौकरी से हटावे के संस्तुति जिलाधिकारी क दीहले.
एही संस्तुति का आधार पर निदेशक चिकित्सा एवं स्वास्थ्य सेवाएं लखनऊ का ओर से कार्रवाई करत रवि कुमार यादव आ लालधर राम के निलंबित कर दीहल गइल बा आ राकेश रोशन, हरेन्द्र सिंह, आ धनंजय राय के नोटिस दे के जवाब माँगल गइल बा.
पूछला पर कि निदेशक स्तर से आरोप पत्र जारी होखला का बादो ई कर्मचारी अपना पद पर कइसे बनल बाड़े सीएमओ डा॰ यादव कहलन कि कवनो कर्मचारी के हटावे के अधिकार उनका लगे नइखे, ई काम निदेशक स्तर से होखेला,
(वार्ता)

 231 total views,  5 views today

%d bloggers like this: