चुनाव के बादे बनी तिसरका मोर्चा, कहलन सीताराम येचुरी

बड़का माकपा नेता सीताराम येचुरी के कहना बा कि लोकसभा चुनाव से पहिले कवनो तिसरका मोर्चा ना बनी. ई चुनाव का बादे बन पाई.

कहला पर कि एगो सर्वे बतावत बा कि इलाकाई पार्टियन के ताकत बढ़ल त का ई देखत माकपा कवनो पहल करी तिसरका मोर्चा के ? त येचुरी कहलन कि एकर अबहीं कवनो उम्मीद नइखे. जबे मोर्चा सरकार बनल बिया त चुनाव का बादे बनल बा.

कहलन कि इहां ले कि संप्रग आ राजगो चुनाव का बादे बनल रहे. एहसे अबही तीसरा मोर्चा के बात ना कइल जा सके.
(वार्ता)