web analytics

बलिया में सर्राफा व्यवसायी लूटाइल

बलिया जिला के बांसडीह रोड इलाका के कुसौरी मढिया का नियरा अतवार के देर साँझ मोटरसाइकिल सवार लुटेरा एगो सर्राफा व्यवसायी के गोली मार के ओकरा लगे से पांच लाख रुपिया के गहना आ नगदी लूट लिहले.

पुलिस के कहना बा कि सदर कोतवाली क्षेत्र के जापलीनगंज निवासी सोहनलाल वर्मा.सहतवार बाजार से तगादा क के वापस लवटत रहले. उनका साथे एगो अउर स्वर्ण व्यवसायी दिलीपो रहल.दिलीप मोटरसाइकिल चलावत रहे आ सोहनलाल पीछे बइठल रहले. कुसौरी मढिया का लगे एह लोग के मोटरसाइकिल सवार तीन गो लुटेरा ओवरटेक क के रोकले आ सोहनलाल के गोली मार के उनका से बैग छीन के परा गइले.

बाद में अगल बगल के लोग सोहनलाल के जिला अस्पताल चहुँपावल. गोली उनका गरदन का नीचे लागल बा. पुलिस पूछताछ करत बिया कि बैत में कतना के गहना आ नगदी रहुवे. परिवार वाले बतावत बाड़े कि नाहियो त पांच लाख से अधिका के गहना आ नगदी रहुवे ओह बैग में

पुलिस लुटेरन के खोजत बिया.
(वार्ता)

 259 total views,  5 views today

%d bloggers like this: