web analytics

कांग्रेस आ भाजपा के नीतियन के पूंजीपरस्त बतवले मुलायम

लखनऊ 21 अक्टूबर (वार्ता) समाजवादी पार्टी.के अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कांग्रेस आ भाजपा.के नीतियन के गरीब विरोधी आ पूंजीपरस्त बतवले बाड़े.

सपा के राज्य कार्यकारिणी के बईठक में बोलत मुलायम सिंह यादव कहलन कि आज के हालात मे लोकसभा चुनाव मे उनुका पार्टी के महत्वपूर्ण भूमिका रही. साम्प्रदायिक आ विघटनकारी ताकतन के कामयाब नइखे होखे देबे के. कांग्रेस बदलाव नइखे चाहत. ओकर जनविरोधी काम आ घोटाला का चलते ओकर फेर से सरकार में आइल सम्भव नइखे. कांग्रेस आ भाजपा दुनु के नीती गरीब विरोधी आ पूंजीपरस्त बा. जनता एहनी के नकारे के मन बना चुकल बिया.

मुलायम सिंह यादव कहलन कि लोकसभा चुनाव नजदीक बा त कई तरह के साजिश रचल जाई. कांगेस भाजपा के बहुमत नइखे मिले वाला . जनता एहन से ऊब के अब तेसर विकल्प चाहत बिया. कहलन कि सपा कार्यकर्ता चुनाव के गम्भीरता से लेसु. राज्य सरकार जवन विकास के काम कइले बिया ओकरा के जन जन ले पहुंचावसु. कांगेस के राज मे मुसलमानन के बहुते बेकद्री भइल बा. भाजपा राज मे गुजरात में उनकर कत्लेआम भइल बा. जबकि समाजवादी पार्टी सरकार मुसलमानन के भाषा, संस्कृति, आ पहचान के सम्मान दिअवले बिया. सपा हमेशा से धर्मनिरपेक्षता खातिर लडत आइल बिया आ आजुवो मुसलमानन के भरोसा सपे पर बा.

एही बइठक में पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य सरकार जनहित मे जतना काम कइले बिया ओकर अनदेखी करत विपक्ष अनर्गल आरोप लगावत बावे. कहलन कि प्रदेश के आर्थिक बुनियादी ढांचा मजबूत कइल जात बा, सडक आ बिजली के इंतजाम होखत बा आ प्रदेश विकास मे रफ्ता पकडत बा. कहलन कि लोकसभा चुनाव के एहले बढ़िया मौका ना मिली. हमनी के चाहीं कि सपा के अधिका से अधिका सीट पर जितवाए ला कमर कस लीं.

 463 total views,  2 views today

%d bloggers like this: