Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

विकास पुरूष के छवि बनावे वाला मुख्यमंत्री के दावा गलत बतवलसि कांग्रेस


पटना 21 अक्टूबर (वार्ता) कांग्रेस आज बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के विकास के दावा के फोंफर बतावत कहलसि कि जइसन विकास राज्य के पहिला मुख्यमंत्री श्रीकृष्ण सिंह के कार्यकाल मे भइल रहे वइसन अबले कवनो दोसर मुख्यमंत्री के कार्यकाल मे ना हो पावल.

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता आ ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश एहिला श्रीकृष्ण सिंह जयंती के मौका पर आयोजित सद्भावना दिवस समारोह में भाषण देत नीतीश कुमार के नाम लिहले बिना कहलन कि कुछ मुख्यमंत्री विकास पुरूष के छवि बनवले बाड़े बाकिर उनकर दावा झूठ आ फोंफर बा. कहलन कि कुछ लोग बुझत बा कि उनका हाथ में जादू के छड़ी बा आ ओकरा के घुमाके ऊ राज्य के विकास क दीहें.

जयराम रमेश कहलन कि स्व॰ सिंह का जमाना जइसन विकास के काम बिहार में फेर कबो ना भइल. बतवलन कि साल 1952 53 मे प्रधानमंत्री पंडित जवाहर लाल नेहरू अमेरिका से एगो विशेषज्ञ टीम बोलवा के पूरा देश मे सर्वे करवले रहले. ओह टीम के रिपोर्ट मे कहल गइल रहे कि बिहार के प्रशासन देश मे सबले बढ़िया बा.

बाकिर एह बढ़िया शुरूआत का बाद पिछला 20 साल से राज्य मे विकास नइखे भइल त एकरा ला के जिम्मेदार बा ? जनत अइसन लोग के देखत चिन्हत बिया आ ओह लोग के सबक सिखाई. कहलन कि जइसे लोग तमिलनाडु मे .कामराज शासन वापस लावे के बात करेला बइसही कांग्रेस बिहारो मे श्रीबाबू के शासन लवटाई.

कहलन कि बिहार के लोग भलही गरीब ह लेकिन उनका मे राजनीतिक जागरूकता सबले अधिक बा.

केन्द्रीय मंत्री सचिन पायलट कहलन कि कांग्रेस हमेशा गरीब, शोषित. पीडि़त आ किसान हित मे काम करत आइल बिया. पिछला यूपीए राज में किसानन के 70 हजार करोड़ रूपिया के करजा माफ कर दीहल गइल रहे. एह बेर केन्द्र सरकार 82 करोड़ लोग के खाद्य सुरक्षा देबे ला कानून बनवले बिया.

कांग्रेस महासचिव शकील अहमद खां कहलन कि विकास के दावा करे वाला एगो मुख्यमंत्री पटना आवे वाला बाड़े लेकिन उनकर दावा कतना गलत बा से रिजर्व बैक आफ इंडिया के 26 सितम्बर के आइल रिपोर्ट से उजागर हो गइल बा. एह रिपोर्ट में विकास का पैमाना पर गुजरात के बारहवाँ जगहा रखल गइल बा. शकील अहमद खां कहलन कि आंकड़ा बतावत बा कि ई सज्जन झूठ के खेती करत बाड़े. जनता इनका के बढ़िया से समुझ गइल बिया आ अगिला चुनाव में उनका एह बात के पतो चल जाई.

Tags: , ,

%d bloggers like this: