सपा मुलायम सिंह के मोदी से बेहतर प्रधानमंत्री साबित होखे के बात कहलसि
October 23, 2013
लखनऊ 22 अक्टूबर (वार्ता) समाजवादी पार्टी भाजपा. पर पिछडन मे फूट डाले के आरोप लगावत कहलसि कि मुलायम सिंह यादव गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से बढ़िया प्रधानमंत्री साबित होखीहें.
अतिपिछडल सत्रह गो जातियन के अनुसूचित जाति मे शामिल करावे ला अगिला 24 अक्टूबर से शुरु होखत सामाजिक न्याय रथ यात्रा आ अधिकार रथ यात्रा के जानकारी देत प्रेस कांफ्रेस मे सपा नेता कहले कि भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह का मुख्यमंत्रित्वकाल मे पिछडन मे फूट डाले के कोशिश भइल रहे.