वाराणसी 23 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे साहित्य. संगीत आ कला ला समर्पित चार दिन के .बनारस उत्सव. बियफे के शुरू होखत बा. एह उत्सव के उद्घाटन लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार करीहें. चार दिन के अलग अलग सत्र मे प्रख्यात गीतकार गुलजार, कवि केदार नाथ सिंह, फिल्मकार डा. चन्द्र प्रकाश द्विवेदी, कलाविद आ चित्रकार जतिन दास अउर वरिष्ठ पत्रकार एम.जे. अकबर शामिल होखीहें.
आयोजन समिति के अध्यक्ष अशोक कपूर बतवले कि महोत्सव के मकसद शहर के अन्तर्राष्ट्रीय पहचान दिआवल बा. आयोजन में बनारसी हस्तशिल्प के पहचान गुलाबी मीनाकारी, बनारस घराना के संगीत परम्परा, अउर फोटोग्राफी पर खास चरचा कइल जाई.
317 total views, 2 views today