web analytics

मंत्री नरेन्द्र सिहं पर भाजपा के सुर मे सुर मिलावे के आरोप लगवलसि कांग्रेस

पटना 24 अक्टूबर (वार्ता) बिहार प्रदेश कांग्रेस अपना राष्ट्रीय उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के आलोचना करे वाला कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह के निंदा करत कहले बिया कि नरेन्द्र सिहं भाजपा के सुर मे सुर मिलाके आपन परिचय देत बाड़े.

प्रदेश कांग्रेस मीडिया विभाग के प्रभारी प्रेम चन्द्र मिश्रा कहलन कि राजस्थान मे भाषण देत राहुल प्रधानमंत्री रहल इंदिरा गाँधी आ राजीव गाँधी के हत्या के चरचा क के सहिए कइलन. एह बयान पर जदयू के कुछ नेता अपना हताशा आ घबराहट में बयान देत बाड़े.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: