web analytics

25 हजार के इनामी समेत सात गो माओवादी गिरफ्तार

मोतिहारी 24 अक्टूबर (वार्ता) नेपाल से लगल पूर्वी चंपारण जिला के कुरवाचैनपुर इलाका के गोरगामां गांव से पुलिस एगो पचीस हजार के इनामी माओवादी समेत सात गो उग्रवादियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया.

पुलिस अधीक्षक विनय कुमार बतवलन कि खुफिया जानकारी मिलला का बाद अपर पुलिस अधीक्षक.अभियान. संजय सिंह आ केन्द्रीय रिर्जव पुलिस बल.सीआरपीएफ. के समादेष्टा परमशिवम के नेतृत्व मे एगो संयुक्त टीम बना के गोरगामां गांव में एह प्रतिबंधित संगठन के डा. अरूण कुमार का घर प छापामारी कइल गइल.

एह छापामारी में 25 हजार रूपिया के इनामी आ स्वयंभू एरिया कमांडर जहीर मदारी, नन्हकू पासवान, आ ठाकुर के गिरफ्तार क लीहल गइल. एहनी का लगे से एगो आटोमेटीक एके 47, एगो पिस्तौल आ कुछ कारतूस जब्त कइल गइल, बाद में एहनी के निशानदेही पर चार गो अउरी माओवादियन के गिरफ्तार क लीहल गइल.

 317 total views,  2 views today

%d bloggers like this: