वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी जिला के जंसा इलाका में कपरपुरवा गाँव में बिजली का करंट से बाप बेटा के मौत हो गइल आ दु गो मेहरारू झँउस गंइली सँ.
पुलिस बतवलसि कि पचपन साल के रामाश्रय पटेल एगो निजी अस्पताल मे आपन ड्यूटी क के घरे आड़ल रहे आ बिजली के तार ठीक करत रहुवे तबहिए करेंट का चपेट मे आ गइल. उनका के छोड़ावे गइल बेटा अवधेश, पत्नी आ एगो अउर औरत बिजली से झँउसा गइल लोग.
एह हादसा में रामाश्रय आ उनका बेटा अवधेश के मौत हो गइल आ दुनु घवाहिल औरतन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ पत्नी चंद्रावती के हालत खरबा बा.
338 total views, 2 views today