web analytics

कायराना हमला का बावजूद भीड़ डटल रह गइल गाँधी मैदान में

पटना. 27 अक्टूबर (वार्ता के रपट में जोड़त) आजु पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान में नरेन्द्र मोदी के हुंकार रैली से पहिलही सीरियल बम विस्फोट से पाँच लोग मर गइल आ कई दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

सबले पहिले पटना जंक्शन के करबिगहिया ओर एगो सुलभ शौचालय में बम विस्फोट के खबर मिलल. ओहिजा से भागत एगो संदिग्ध के पुलिस पकड़ लिहलसि आ ओकरा से पूछताछ होखत बा.

बाद में एगो बम विस्फोट गाँधी मैदान से सटल एलफिंस्टन सिनेमा हाल का लगे भइल आ पांच गो बम गांधी मैदान में फूटल. एह सीरियल बम विस्फोट से कम से कम पाँच लोग के मौत हो गंइल बा आ कई दर्जन लोग के इलाज पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल में चलत बा.

एह तरह के कायराना विस्फोट करावे वालन के मकसद तब पूरा ना हो सकल जब गाँधी मैदान में जुटल बड़हन भीड़ में कवनो तरह के भगदड़ ना मचल आ मंच से नेता लोग के भाषण बदस्तूर जारी रहल. मंच से भीड़ के सम्हारे खातिर कहात रहुवे कि रउरा सभे पटाखा छोड़ल बंद करी. एह चलते भीड़ के असली हालात के अनेसा ना भइल आ भगदड़ ना मचल. ना त आजु पता ना कतना हजार लोग बेमौत मर गइल रहीत.

एह बम विस्फोट का पीछे के लोग, एकर कवनो योजना के पता अबहीं ले नइखे सामने आइल बाकिर एन आई ए एकरा जाँच में लागल बिया. एह विस्फोटन के निंदा करे वालन में राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, सोनिया गाँधी, नीतीश कुमार वगैरह बहुते लोग शामिल बा.

बाकिर थोड़ देर ला सोची कि अगर एह तरह के बम विस्फोट अगर अहमदाबाद में होखत राहुल के कवनो रैली में भइल रहीत त अपना देश के मीडिया कइसन आ का हल्ला मचवले रहीत. आजु के घटना के बहुते हल्का में लिहले बिया देश के तथाकथित सेकूलर मीडिया.
नरेन्द्र मोदी, हुंकार रैली, बम विस्फोट

 408 total views,  5 views today

%d bloggers like this: