मोदी अल्पसंख्यकन के दिल छूवत कांग्रेस पर निशाना सधले
October 27, 2013
उदयपुर.26 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी एहिजा एगो चुनावी सभा में सांप्रदायिकता सिखावे के दोष कांग्रेस प लगावत कहलन कि गोपालगढ़ समेत राज्य मे भइल पचीसन दंगा का चलते कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी मानवाधिकार आयोग, अल्पसंख्यक आयोग आ अपने सरकार प भरोसा तज दिहले बाड़े.
कहलन कि राहुल गाँधी के अपने सरकार प भरोसा ना रहल से सरकार से चुपे गोपालगढ के दौरा कइलन. मोदी कहलन कि आ जवना मोटरसाइकिल पर राहुल बइठल रहले तवनो चोरी के रहुवे.