जौनपुर 27 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के मडियाहूं इलाका के मईडीह गांव मे तालाब मे डूबला से दू गो लइकियन के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि तालुकदार के सतरह साल के बेटी निशा आ सूबेदार के सोरह साल के बेटी नीला.सबेरे गांवे के बधवांताल मे तिन्नी के चावल झारे गइल रहली. ओह तालाब में कुबेरा के फूल फूलाइल देख दुनु फूल तूडे आगे बढली आ गहिरा पानी में डूबला से दुनु के मौत हो गइल.
दुनु के लाश पोखरा से निकाल के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि पुलिस.
339 total views, 5 views today