पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) पटना मे भाजपा के हुंकार रैली में करावल सीरियल विस्फोट के तार आंतकवादी संगठन इंडियन मुजाहिदीन से जुड़त मिलल बा. दू गो आतंकियन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा आ अठारह जने के तलाश होखत बा.
राज्य के अपर पुलिस महानिदेशक विशेष शाखा राजेश चंद्रा बतावत बाड़े कि विस्फोट के महज कुछ घंटा भितरे पुलिस एह मामिला के सलटा लिहलसि. बतवलन कि पहिला कामयाबी ओह घरी मिलल जब पटना जंक्शन का बगल का शौचालय मे भइल बम धमाका का तुरते बाद इम्तियाज अंसारी के गिरफ्तार क लीहल गइल. ओकरा से पूछताछ में अउरी जानकारी मिलत चल गइल आ बम धमाका के गुत्थी खुलत चल गइल.
राजेश चन्द्रा बतवलन कि रांची के हटिया थाना के धुर्वा के रहे वाला मो.इम्तियाज अंसारी अपना संघतिया एनुल अंसारी उर्फ तारिक संगे सबेरही रांची से एगो निजी बस से पटना पहुंचल रहे. ओकरा बाद पटना जंक्शन का बगल के शौचालय मे जब एनुल अंसारी टाइमर सेट करत रहुवे तबहिए विस्फोट हो गइल आ ऊ घवाहिल हो गइल. धमाका का बाद ओहिजा मौजूद रेल पुलिस के नजर एनुल का लगही खड़ा इम्तियाज पर पड़ल जवना का लगे ओही तरह के बैग रहुवे जइसन एनुल का लगे रहल.
एकरा बाद इम्तियाज के ध लीहल गइल आ ओकर तलाशी लिहला पर ओकरा पाकिट से एगो कागज मिलल जवना प दस गो मोबाइल नंबर लिखल रहुवे. एगो नंबर ओकरे मोबाइल के रहल जवना से पता चल गइल कि मोबाइल नंबर नया ह. छानबीन से पता चलल कि बाकिओ नंबर रांचीए के ह.
पुलिस तुरते रांची पुलिस से सम्पर्क कइलसि आ ओहिजा इम्तियाज के घरे छापा मार के ओहिजा से पांच लाख रूपिया नगद, प्रेशर कुकर बम, विस्फोटक, फर्जी आई कार्ड, जेहादी साहित्य अउर सीडी मिलल. इम्तियाज के फोन डिटेल निकलवा के इहो पता चलल कि ऊ दुबई आ पाकिस्तान से संपर्क मे रहुवे. इम्तियाज के मुजाहिदीण आतंकी यासीन भटकल के नजदीकि संघतिया बतावल जात बा.
पूछताछ मे इम्तियाज बतवलसि कि जवन आदमी ओकरा के ई काम दिहलसि ओकरा के उ चिन्हत नइखे. फोटो देखवला पर ऊ तहसीन उर्फ मोनू आ वकास के चिन्हलसि. तहसीन आ वकास प 10 लाख रूपिया के ईनाम घोषित बा.
पटना के वरीय पुलिस अधीक्षक मनु महाराज बतवलन कि आतंकी इम्तियाज के मदद करे खातिर तीन गो दोसरो गिरोह पटना पहुंचल रहे. हर गिरोह में छह जने रहले. सबही के बम लगावे के जगह आ समय बतावल रहे. ओकनी के कोशिश रहे कि रैली मे मंच का नियरा ले चहुप जा स. मकसद रहुवे कि बम धमाका करा ले रैली में भगदड़ मचा दीहल जाव जवना मे अधिका से अधिका लोग के जान लीहल जा सके.
बिहार सरकार आतंकी इम्तियाज के पकड़े वाला सरकारी रेल पुलिस के कांस्टेबल रामपुकार सिंह के 25 हजार रूपया नगद इनाम देबे के एलान कइले बिया.
430 total views, 5 views today