जयपुर 28 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान कांग्रेस राहुल गाँधी खातिर नरेन्द्र मोदी के इस्तेमाल कइल जात शब्दन के ओरहन ले के चुनाव आयोग का लगे जाई.
प्रदेश कांगेस के विधि आ चुनाव व्यवस्था समिति के अध्यक्ष सुशील शर्मा बतवले कि पिछला 26 अक्टूबर के उदयपुर मे भाजपा के सभा मे राहुल खातिर नकारात्मक शब्द इस्तेमाल क के नरेन्द्र मोदी आदर्श आचार संहिता लंघले बिया. एहसे कांग्रेस के एगो शिष्टमंडल मंगल का दिने राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी अशोक जैन के ज्ञापन देके जरूरी कार्रवाई करे के मांग करी.
328 total views, 5 views today